दीपक दूबे के कैरियर बुलन्दी पर बा
-


“मुन्नीबाई नौटंकी वाली”, “बृजवा” आ “मार देब गोली केहू ना बोली” का बाद त दमदार अभिनेता दीपक दूबे के लाटरी लाग गइल बुझात बा. हालही में उनकर फिल्म “बुलन्दीः के शूटिंग पूरा भइल बा जवना के निर्देशन अशोक अत्री कइले बाड़न. एह फिल्म खातिर पिछला दिने खण्डाला में शूटिंग का दौरान दीपक दूबे के स्टंट सीन देख हर केहू दाँत तर अंगूरी दबा लिहल. आपन जान जोखिम में डाले वाला सीन करत दीपक दूबे बहुते उत्साहित रहलन. उनकर कहना बा कि निर्माता निखिल नंदा आ निर्देशक अशोक अत्री से एह फिल्म के कहानी सुनला का बाद जब ऊ सुनलन कि एह फिल्म के नायक उनुके बने के बा त चउँक गइल रहले. कहले कि “बुलन्दी” बहुते बढ़िया बनल बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts