एगो अउर स्वर्ण पदक : वेंकट राहुल रगाला जीतले भारत खातिर चउथा स्वर्ण


गोल्ड कोस्ट,07 अप्रैल (वार्ता). आजु के दिन भारत ला गोल्डन डे रहल. आजु भारत के भारोत्तोलक वेंकट राहुल रगाला शानदार प्रदर्शन करत 21वां राष्ट्रमंडल खेलन के भारोत्तोलन प्रतियोगिता में स्वर्ण पदक जीत के भारत के स्वर्ण पदकन के गिनिती चार कर दिहलें. पिछला बेर ग्लास्गो राष्ट्रमंडल खेलन में भारत के तीने गो स्वर्ण पदक मिलल रहुवे. 21वां राष्ट्रमंडल खेलन में भारत के अबहीं ले कुल छह गो पदक हासिल भइल बा आ छवो पदक भारोत्तोलने से मिलल बा.
वेंकट राहुल रगाला पुरुषन के 85 किलोग्राम वर्ग में कुल 338 किलोग्राम वजन उठा के स्वर्ण पदक हासिल क लिहलें.
पुरुष हॉकी का मेच में भारत आ पाकिस्तान के मुकाबला 2-2 गोल कर के बरोबरी पर छूटल. आखिरी सात सेकेण्ड में गोल खा के भारत आपन मैच जीतत जीतत रहि गइल. हाफ टाइम ले भारत 2-0 गोल क के मैच पर काबिज रहुवे.
बैडमिन्टन में मॉरीशस के 3-0 से हरा के भारत मिक्स्ड टीम इवेन्ट के सेमीफाइनल में चहुँप गइल बा. भारत के अगिला मुकाबला सिंगापुर से होखे वाला बा.
टेबल टेनिस में पुरुष आ महिला दुनु वर्ग में भारत सेमीफाइनल में चहुँप गइल बा. दुनु टीम अपना अपना क्वार्टर फाइनल में मलेशिया के दुनु टीम के हरा दिहलें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..