कहले बानी त जइबे करब : पवन सिंह के दावा

आये दिन कवनो ना कवनो लोकप्रिय कलाकार का साथे अइसन होत रहेला कि ओकरा नाम पर कवनो कार्यक्रम में भीड़ जुटा लिहल जाला आ बाद में कह दिहल जाला कि फलां कारण से फलां जी ना आ पवलें. पवनो सिंह का नाम पर पिछला दिने आरा में अइसने भइल. बड़का बड़का होर्डिंग आ पोस्टर बैनर लगा के एलान भइल कि पवन सिंह के कार्यक्रम बा. कुछ लोग पवन सिंह के फोन कइल त मालूम चलल कि पवन के ई बात मालूमे नइखे. से ओह प्रोग्राम में ना त ऊ जाये वाला रहलें ना गइलें.

आजुकाल्हु पवन सिंह के हवा बहत बा. जवना फिल्म मे होखस ओह फिल्म के, जवना स्टेज शो में चहुँपस ओह शो के सफलता गारण्टेड हो गइल बा. आ लोग त उनकर अइसन दिवाना हो गइल बा कि नाम सुनते भीड़ बन के चहुँप जाला लोग. अबही पिछलके दिने जब मुंबई में अपना फिल्म जब केहू दिल में समा जाला के प्रोमो खातिर चहुँपलन त दर्शकन के भीड़ उनुका से हाथ मिलावे आ गले लगावे खातिर टूट पड़ल रहे.


स्रोत : खालिद

2 Comments

  1. Puneet

    Aisan afwah na udawe ke chahi….

  2. Supernatural Online

    Keep up the great writing.

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..