महुआ टीवी पर छात्र राजनीति के इम्तिहान

भोजपुरी टीवी चैनल महुआ पर कुछ हफ्ता से शुरु धारावाहिक कार्यक्रम इम्तिहान के दर्शक बहुते पसन्द कर रहल बाड़े आ कार्यक्रम टीआरपी चार्ट पर रॉक कर रहल बा. राजनेतवन का संरक्षण में चले वाला छात्र राजनीति पर आधारित ई धारावाहिक के गैर भोजपुरिया दर्शको चाव से देखत बाड़े. हर हफ्ता सोमार से ले के बियफे तक रात दस बजे देखावल जा रहल एह धारावाहिक में पहिला बार छात्र राजनीति छोटका परदा पर आइल बा.

TV Serial Imtihaan on Mahuaa TV

अशोक शरण के निर्माण आ अंजली कुमार सिंह के निर्देशन में बनल एह धारावाहिक के मुख्यपात्रन में रिंकू घोष, दीपराज राणा, मुश्ताक खान, सुधीर डाल्वी, उषा सिंहम सुधांशु शरण, राजीव कुमार, पंकज कुमार, रीमा शर्मा, आ धीरज पण्डित शामिल बाड़े. दर्शकन के प्यार बिटोरत एह धारावाहिक के पारी बहुते लमहर बुझात बा. रउरो देख के फैसला करीं.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..