गाँव के लाल के शूटिंग 25 अक्टूबर से बिहार में
-

जीनव आर्ट मूवी के बैनर में बनत फिलिम “गाँव के लाल” ले आवत बाड़े निर्माता एम ए सिवानी..

सामाजिक रीति रिवाजन पर बनल एह फिलिम के निर्देशक जगदीश सिंह बतवले कि एकर शूटिंग 25 अक्टूबर से बिहार के सिवान जिला में करावल जाई.

कहलन कि फिलिम में नौ गो गाना बा. गीतकार हउवें विश्वनाथ राजपुरी, सतेन्द्र, आ सुभाष यादव कविजी. संगीत दिहले बाड़े विजयानन्द. लेखक आदित्य बाबा, डांस डायरेक्टर अर्जुन, आ प्रोडक्शन मैनेजर रविन्द्र नाथ गुप्ता.

मुख्य कलाकार रहीहें अमित शर्मा, निरंजन सुधांशु, नेहा तिवारी, जय तिलक, एम ए सिवानी, अबरार हुसेन, आ डॉ. अनिल.


(संजय भूषण पटियाला)
(नोट – एह पोस्ट का साथ के फोटो एक एमबी से अधिका के रहल. दोसरे हमरा एके इमेल पर भेजल करीं एक से अधिका इमेल पर भेजला से परेशानी होखत बा.)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts