बुढ़वा रंगीला के संगीत मुहूर्त
-

स्माइल टेक मल्टी मीडिया प्रा लि. आ फिल्म्स एंटरटेनमेंट के बैनर तले बने जात फिलिम “बुढ़वा रंगीला” के संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने मुंबई के गोरेगांव का एक्शन स्टूडियो में नारियल तूड़ के करावल गइल.

एह मौका पर फिल्म जगत के अनेके नामी-गिरामी लोग मौजूद रहल.

निर्माता रवि ठाकुर बतवलन कि कॉमेडी आ एक्शन भरल एह फिलिम में कुल नौ गो गाबा वाड़ी सँ. शूटिंग २७ अक्टूबर से उत्तर प्रदेश के गोरखपुर शहर में शुरू होखी.

फिलिम के पहिला गाना गायिका रेखा राव के आवाज में रिकार्ड करावल गइल. संगीतकार रहले कुमार हर्ष आ गीत रहल फ़निदर राव के.

कास्ट आ क्रेडिट
लेखक आ निर्माता रवि ठाकुर, निर्देशक अभिषेक चड्ढ़ा, गीतकार फ़निदर राव, अउर रवि ठाकुर, संगीतकार कुमार हर्ष, डी.ओ.पी. हीरा सरोज, डांस डायरेक्टर अनुराग मिश्रा, फाइट मास्टर सिंह इज किंग, पटकथा-संवाद लेखक रवि ठाकुर,संजय सानु, आ अंकित राज.

मुख्य कलाकार विराज भट्ट, अंजना सिंह, कृष्णा भट्ट, तनुश्री, एहसान कुरैशी, मनमौजी दादा, जसवंत कुमार, रमपत हरामी, हैरी, अनिल देवा वगैरह.


(संजय भूषण पटियाला)
(नोट – एह पोस्ट का साथे कवनो फोटो ना मिलल रहे.)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts