छठ पर अंजना के दू गो फिलिम
-

सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक आ व्यस्ततम अदाकारा अंजना सिंह के दू गो फिलिम छठ पर रिलीज़ होखे जात बा. एहमें से एगो फिलिम ह निर्माता अनिल कुशवाहा-गायत्री केसरवानी आ निर्देशक मंजुल ठाकुर के “लहू के दो रंग”. एहमें अंजना संगे खेसारी लाल यादव, राजेश राज, आ प्रिया शर्मा मुख्य भूमिका में बाड़न. एही दिन रिलीज़ होखे वाली अंजना के दुसरकी फिलिम ह “आंधी तूफ़ान” जवना में ऊ विराज भट्ट के साथे बाड़ी. निर्माता मनोहर कुमार आ निर्देशक रवि भूषण के एह फिलिम में पवन सिंह, चांदनी चोपड़ा, अवधेश मिश्रा वगैरह मुख्य भूमिका में बाड़न.

दूइए साल पहिले रवि किशन संगे फिलिम “फौलाद” से अपना कैरियर के शुरुवात करे वाली अंजना सिंह आजु सिनेमा भोजपुरी में सफलता के गारंटी माने जाए लागल बाड़ी. उनुकर लगभग सगरी फिलिम बॉक्स ऑफिस पर धूम मचवले बाड़ी स.


(उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts