छठ पूजा क बाद आई ‘‘गुलाब थियेटर’’
-

जफ़र कमाल फिल्म्स के बैनर में बनल भोजपुरी फिलिम ‘गुलाब थियेटर’ छठ पूजा क बाद बिहार में रिलीज होखी. बिहार में एह फिलिम के ओम मूवीज के कपूरचंद एके साथ 30 गो सिनेमा घर में रिलीज करीहें. एह फिलिम के निर्माता मेंहदी हसन आ लेखक-निर्देशक कमर हाजीपुरी हउवें.

‘गुलाब थियेटर’ में थियेटर कलाकारन के जिनिगी के दरद देखावल गइल बा देखावल गइल बा कि कइसे नेशनल स्कूल ऑफ ड्रामा से सीख के आइल एगो लड़िकी रूबी सिंह मजबूर होके ‘गुलाब थियेटर’ में काम करत बाड़ी आ एह दौरान उनुका कवन-कवन मुसीबत झेले पड़त बा. रूबी सिंह के ओह थियेटर में एगो नया नाम मिलऽता गुलाब बाई.

एहमें विनय आनंद, कल्पना शाह, सुमित बाबा, बृजेश त्रिपाठी, विजय खरे, क्षितिज प्रकाश, अर्जुन सिंह, इफ़्तखार अहमद, गुड्डू, इलियास आ आइटम क्वीन सीमा सिंह बाड़ी. एकर कैमरामैन त्रिलोकी चौधरी, सह-निर्माता गुफरान अहमद आ बबीता रितु, संगीतकार सी. बनवीर आ सतीश मुन्ना, गीतकार विरेन्द्र पाण्डे आ कमर हाजीपुरी, नृत्य निहाल सिंह के, संकलन नकुल प्रसाद के आ एक्शन दर्शन सिंह के बा.


(समरजीत)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..