छपरा नगर परिषद के पार्षद आशा देवी के चुनाव रद्द

राज्य निर्वाचन आयोग उमिर छिपा के चुनाव लड़े का आरोप में नगर परिषद के 42नं॰ वार्ड के पार्षद आशा देवी के चुनाव रद्द कर दिहलसि आ अब उनका पर मुकदमा चलावे के कहले बिया. साथही ओह चुनाव में तब निर्वाची अधिकारी आ सहायक निर्वाची अधिकारी से जवाब पूछे के निर्देश जिलाधिकारी के दिहले बिया. आशा देवी के गलतबयानी पता चलला का बाद हारल उम्मीदवार सरस्वती देवी शिकायत दर्ज करवले रही आ आखिरकार आशा के चुनाव रद्द कर दिहल गइल.

0 Comments

Recent Posts