गाजीपुर में लड़िकी से जबरिया संबंध बनवले सं

गाजीपुर के सुहवल गाँव में पिछला अतवार का रात दिशा मैदान खातिर घर से निकलल एगो लड़िकी के पहिले से घात लगा के खड़ा दु गो लड़िका ओकरा के खीच के खालीमकान में ले के चल गइलें आ हाथ गोड़ बान्ह के ओकरा संगे बलात्कार कइलें. अगिला दिने लड़िकी ओह लड़िकन के घर का सोझा जा के चिचियाए लागल कि सूतलऽ लोग त चलऽ बिआहो करऽ. हल्ला सुन के गाँव वाले ओह लड़िकी के थाना भेजलें. पुलिस मुकदमा दर्ज कर लिहले बिया आ दुनु के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts