जब पूरा यूनिट बोल उठल मंटू लाल ग्रेट
-

MantuLalओह दिन भोजपुरी फिलिम ‘छोरा गंगा किनारे वाला’ के शूटिंग हिन्दुस्थान के मशहूर जगह हरिद्वार में चलत रहुवे आ बारी रहे मन्टुलाल पर फिलिमावल जाए वाला सीन के. जइसहीं मंटू लाल आपन सीन ओके करवलन पूरा यूनिट एक आवाज में बोल उठल, मन्टू लाल ग्रेट ! शूटिंग देखत लोगो ताली बजाके मंटू लाल के जोरदार अभिनय के समर्थन दिहल,

जान जाईं कि एह फिलिम में मंटू लाल ‘छक्का’ के भूमिका में बाड़न. निर्देशक राजकुमार आर.पाण्डेय मन्टूलाल पर गर्व महसूस करत रहले काहे कि उहे मंटू के पहिला ब्रेक दिहले रहले अपना फिलिम ‘ट्रक ड्राइवर’.

निर्माता-वितरक-विधायक डॉ.सुनील के दिलेर आ प्रेम दीवानी, निर्माता अभय सिन्हा के ‘दूल्हे राजा’, संदीप श्रीवास्तव आ सुनील ओझा के ‘सईया जी दिलवा मांगेले’, आ निर्माता निर्देशक राजकुमार आर.पाण्डेय के ट्रक ड्राइवर, नागिन, देवरा भईल दीवाना, नगीना, आ अब निर्माता धीरेन्द्र चौबे अउर निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय के ‘छोरा गंगा किनारे वाला’ में तरह तरह के भूमिका निभा के मंटू लाल आजु भोजपुरी इंडस्ट्री के सगरी ईमानदार निर्माता निर्देशकन के पसंदीदा अभिनेता बन गइल बाड़न.

हालही में मंटू एम .एल .प्रोडक्शन के फिलिम ‘बाप जोकर बेटी कलेक्टर’ खातिर अनुबंधित भइल बाड़न.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts