स्वीटी छाबरा के प्यार में पागल औघड़ रवि किशन
-

RaviKishan-SweetyChabra
भोजपुरिया सुपरस्टार रवि किशन एह घरी भोजपुरी सिनेमा में वापसी करे वाली स्वीटी छाबरा के प्यार में पागल हो गइल बाड़न. रवि किशन अपना निर्माता लोग से स्वीटी से काम करवावे के दबाव बनावे लागल बाड़न. फ़िल्मी पार्टियनो में ई लोग संगे नजर आवत बा. स्वाभाविक बा कि एह सब से गाॅसिप मंडली के मसाला मिले लागल बा आ तरह तरह के चरचन से बाजार गरम बा.

जान जाईं कि स्वीटी छाबरा के भोजपुरी सिनेमा में ले आवे के श्रेयो रविए किशन के जाला काहे कि उहे अपना फिलिम ‘दूल्हा अइसम चाहीं’ में बत्तौर अभिनेत्री लांच कइले रहले. ओहू घरी तरह तरह के बात हवा में पसरल रहुवे बाकिर करीब दू दर्जन फिलिम कइला का बाद स्वीटी परदा से ओट में चल गइल रही. लगभग तीन साल बाद उनकर वापसी भइल बा त संजोग से रविेकिशन का साथे.

स्वीटी छाबरा मशहूर निर्देशक राजकुमार आर.पाण्डेय के फिलिम ‘छोरा गंगा किनारे वाला’ में रवि किशन संगे काम करत बाड़ी. फिलिम में दुनू जने के गरमागरम रोमांस में परदा पर सगरी बन्हन टूटत नजर आवे वाला बा. दुनू जने पुलिस वाले के भूमिका में बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts