प्रवीण सिंह के गावल एगो गैर फिल्मी गीत – बरबाद मोहब्बत में बानी
-

हालही में निक्कू सूर्यवंशी आ एमाटोज म्यूजिक का तरफ से एगो गैर फिल्मी भोजपुरी गीत के वीडियो 27 अक्टूबर 2023 का दिने रिलीज कइल गइल. एकरा के हजारन लोग देख चुकल बा. अब रउरो सभे एह विडियो के देखीं आ आपन टिप्पणी जरुर डालीं. भोजपुरिया पाठकन के त सुभाव ना हवे कि ऊ लोग कवनो पोस्ट पर टिप्पणी करो. बाकिर हम चाहत बानी कि ई सुभाव बदलो. ना त पते ना लागे कि रउरा सभे के का नीमन लागल आ का बाऊर. एह चलते संपादक का मन में उहापोह होला कि कइसन सामग्री बेसी परोसल जाव आ कवन कम.

“बर्बाद मोहब्बत में बानी” के मुखड़ा वाला ई गीत प्रवीण सिंह के गावल हवे आ परदा पर अभिनय बा रीतू, आयुष सहनी, अउर वीके भास्कर. प्रवीणे सिंह एकर गीतकारो हउवें.

संगीत निर्देशन चन्दन सिंह कइले बाड़न आ पटना के स्टूडियो हॉटबीट में एकर रिकार्डिंग भइल बा. फोटोग्राफी निर्देशन राजकुमार कइले बाड़न. निर्माता हउवन अश्विनी पँवार आ प्रवीण सिंह.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts