रक्षाबंधन के शुभ पर्व पर “विजयपथ – एगो जंग” के पहिला झलक जारी

VijayPathEgoJung-poster1
भोजपुरी फिलिम ‘गरदा’ के सफल प्रदर्शन का बाद एस एस फिल्म फैक्टरी के दुसरकी फिलिम ‘विजयपथ – एगो जंग’ के पहिला झलक रक्षाबन्धन का दिने जारी कइल गइल. दुसरका झलक 15 आगस्त का दिने जारी होखी.

एह एक्शन धमाका का साथे मनोरंजन देबे वाली फिलिम के निर्मात्री शाहजहान शेख़, निर्देशक संजीव बोहरपी, लेखक लालजी यादव, गीतकार प्यारेलाल यादव, संतोष पुरी, अउर श्याम देहाती, संगीतकार श्याम देहाती, संगीत संयोजक शिशिर पाण्डेय, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, संजय कोर्वे, एंथोनी अउर केदार सुब्बा, छायाकार नीटू इकबाल सिंह, मारधाड़ निर्देशक दिलीप यादव, संकलनकर्ता जीतेन्द्र सिंह जीतू, आ कला निर्देशक अवधेश राय हउवें.

फिलिम के मुख्य कलाकारन में विजय वर्मा, आदित्य मोहन, अर्चना सिंह, आनन्द मोहन, सोना शाह, किरण यादव, तेज यादव, त्रिपुरारी यादव, विकास शुक्ला, विनोद मिश्रा, धर्मेन्द्र सिंह, जसवंत कुमार, बालेश्वर सिंह अउर संजय पाण्डेय के नाम बा. बतौर मेहमान कलाकार मनोज टाइगर आ अमरीशो सिंह नजर अइहें आ आइटम गीत में सीमा सिंह, प्रिया शर्मा अउर सरगम भाटिया शामिल बाड़ी.
(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..