पँचवो हफ्ता में सुपर हिट बनल रहल सजना मंगिया सजाई द हमार
-

Kallu-Nehashree
सेसर बोर्ड से यू सर्टिफिकेट मिलल आ महिला प्रधान पारिवारिक भोजपुरी फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ पँचवो हफ्ता बिहार में आपन सुपर हिट हैसियत बनवले रखले बिया. पिछला 11 जुलाई से बिहार आ झारखण्ड में रिलीज भइल निर्माता हलचल सिंह के एह फिलिम के देखे वालन के भीड़ लगातार बनल बा सिनेमा घरन का सोझा. फिलिम देख के सभे इहे कहत बा कि ढेर दिन बाद भोजपुरी में कवनो नीमन फिलिम देखे के मिलल.

फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के निर्देशन ओमप्रकाश यादव के बा आ संगीत राकेश निराला के. गीत राकेश निराला आ कन्हैया कुशवाहा के लिखल ह.

मुख्य कलाकार बाड़े अरविन्द अकेला ‘कल्लू’, नेहाश्री, रविराज दीपू, अर्चना सिंह, मनोज टाईगर, बालेश्वर सिंह, सी पी भट्ट, शफीक रंगरेज़, प्रीती सिंह, अमित कुमार, जावेद रहमान, उमेश सिंह, सुनीता शर्मा, चन्दन कश्यप आ सुरेन्द्र पाल वगैरह.


(रामचन्द्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts