राकेश मिश्रा के अभिनय पर फ़िदा भइले रमाकान्त प्रसाद
-

RakeshMishra
सिनेस्टार नायक आ गायक राकेश मिश्रा मन मोह लेबे अपना गायन शैली आ मीठ आवाज के जादू बिखेरत अब सिनेमा के रूपहुला परदो प अपना जबर्दस्त अभिनय प्रतिभा से सिनेप्रेमियन के दिल में घर बना लिहले बाड़न. इहे ना, भोजपुरी सिनेमा के प्रसिद्ध निर्माता-निर्देशक रमाकान्त प्रसादो राकेश मिश्रा के अभिनय के कायल हो गइल बाड़न आ राकेश के अपना कईएक फिलिमन ला साईन क लिहले बाड़न.

राकेश मिश्रा एहघरी कुमारी माई फिल्म्स के परोसा आ रमाकान्त प्रसाद निर्देशित भोजपुरी फिलिम जब प्यार किया तो डरना क्या के शूटिंग नेपाल के खूबसूरत वादियन में करत बाड़ें. एह फिलिम में राकेश मिश्रा एगो लवर बॉय के किरदार जीयत बाड़न आ इनकर प्रेमिका बनल बाड़ी काजल राघवानी. निर्माता बाड़ें आदिशक्ति इंटरटेनमेंट के दुर्गा प्रसाद मजूमदार.

केंद्रीय भूमिका में राकेश मिश्रा का साथे शाह परदेशी, राजन सिंह, काजल राघवानी, पूनम दूबे, श्याम देहाती, रूप मिश्रा, सिद्धार्थ, सुनीता वगैरह बाड़ें.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts