अपना अभिनय प्रतिभा का बल प रातों रात सुपर स्टार बन गइले प्रदीप पाण्डेय चिन्टू
-

DewraBhayelDiwana
सुपर हिट फ़िलिम ‘देवरा भईल दीवाना’ बिहार के 31 गो सिनेमाहाल में शानदार सफलता का साथे चउथा हफ्ता में चहुँप गइल बा. होली के शुभ अवसर पर दर्शकन के भारी भीड़ में रिलीज ‘देवरा भईल दीवाना’ से प्रदीप पाण्डेय (चिन्टू) दर्शकन का बीच विशेष जगहा बना लिबले बाड़न. सिंगर से ऐक्टर बनल स्टारन का बीच नॉन सिंगर ऐक्टर प्रदीप पाण्डेय (चिन्टू) अपना अभिनय प्रतिभा का बल प कुछेके फिलिम से रातों रात सुपर स्टार बने में कामयाब हो गइल बाड़ें. जहाँ बड़का स्टारन के फिलिम दूइओ हफ्ता नइखी टिकत सँ ओहिजे ई फिलिम चउथको हफ्ता में सफलता के परचम लहरावत बिया. पर साल के हिट फिलिम रहल ‘जीना तेरी गली में’ सहित कुछेक फिलिम से चिंटू अपना कुशल अभिनय कला के जौहर देखा दिहले बाड़न.

धेयान देबे जोग इहो बा कि सफलता के दोसर नाम बन चुकल स्टार निर्देशक राजकुमार आर. पाण्डेय के नमवे देखि दर्शक सिनेमाहॉल ओर खींचाइल चल आवेलें.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts