राज्यसभा खातिर कांग्रेस के 10 गो उमीदवार
-

नयी दिल्ली 11 मार्च (वार्ता) राज्यसभा के दुबरीसा चुनाव ला कांग्रेस आजु अपना दस गो उमीदवारन के सूची जारी कइले बिया.

कांग्रेस चुनाव समिति के प्रभारी ऑस्कर फर्नांडिस एहिजा जारी विज्ञप्ति में बतवले बाड़न कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी एह नामन के आपन मंजूरी दिहले बाड़न.

कांग्रेस के बड़का बोततुआ अभिषेक मनु सिंघवी के पश्चिम बंगाल से उमीदवार बनावल गइल बा. गुजरात से नारायण भाई रथवा आ डॉ. अमियाजनिक के, कर्नाटक से एल हनुमंथई, डॉ. सैयद नासिर हुसैन अउर जीसी चंद्रशेखर के, झारखंड से धीरज प्रसाद साहू के, मध्यप्रदेश से राजमणि पटेल के, महाराष्ट्र से कुमार केटकर के आ तेलंगाना से पी. बलराम नायक के उमीदवार बनावल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts