महेंद्र प्रसाद आ वशिष्ठ नारायण सिंह के जदयू बनवलसि आपन राज्यसभा उमीदवार
-


पटना 11 मार्च (वार्ता). बिहार में सत्तारूढ़ जनता दल यूनाईटेड अपना प्रदेश उपाध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह का साथही महेंद्र प्रसाद उर्फ किंग महेंद्र के राज्यसभा चुनाव ला आपन उमीदवार बनवले बिया.

जदयू के राष्ट्रीय महासचिव (संगठन) आ राज्यसभा में गोल के नेता आरसीपी सिंह बतवलन कि राज्यसभा चुनाव खातिर जदयू के दुनु उमीदवार – वशिष्ठ नारायण सिंह आ महेंद्र प्रसाद – अनुभवी नेता हउवें आ पहिलहूं राज्यसभा सांसद रहल बाड़ें. दुनु नेता बढ़िया काम कइले बाड़ें आ इहे देखि के एह लोग के फेरु राज्यसभा चुनाव में आपन उमीदवार बनवले बिया जदयू.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts