सीमा सिंह के दिल मांगे सईंया
-

SeemaSingh
भोजपुरी डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के दिल जीते के कोशिश त बहुते लोग कइल बाकिर सीमा बाड़ी कि पघिलते नइखी. अब सीमा सिंह कहतारी कि आोन दिल दिहें त बस सईंया जी के.

पिछला दिने ‘सईया जी दिलवा मांगेले’ फिलिम ला एगो खास आयटम नंबर सीमा सिंह बिहार के हाजीपुर में शूट करवली. संजीव श्रीवास्तव के एह फिलिम के शूटिंग ला जब सीमा सिंह हाजीपुर चहुँपली त उनकर एक झलक पावे ला बड़हन भीड़ जमा हो गइल. पुलिस सुरक्षा का बीच सीमा सिंह आयटम नंबर कइली त सब तरफ उनुका डांसे के चरचा होखे लागल.

सीमा सिंह कहली कि हाजीपुर में शूटिंग करके बहुते आनन्द बुझाइल.


(शशिकात सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts