हथकड़ी में बॉबी डार्लिंग कइली आयटम नंबर
-

Hathakadi-set
निर्मात्री रेखा सिंहा आ निर्देशक रवि सिन्हा के चर्चित भोजपुरी फिलिम ‘हथकड़ी’ के शूटिंग एह घरी मुंबई आ आसपास में तेजी से होखत बा. दीपक शाह के परोसल एह फिलिम में सुपर स्टार दिनेश लाल यादव आ खेसारी लाल यादव के मुख्य भुमिका बा.

पिछला दिने एह फिलिम के एगो आयटम नंबर के शूटिंग मुंबई के गोरेगांव में बना फिल्मीस्तान स्टूडियो में बॉबी डार्लिंग पर फिलिमावल गइल. एह आयटम नंबर में दिनेश लाल यादव निरहुआ आ खेशारी लाल यादवो शामिल रहले. फिल्मिस्तान स्टूडियो में जेल के सेट पर फिलिमावल गइल एह आयटम नंबर के नृत्य निर्देशक पप्पू खन्ना निर्देशित कइलन.


(शशिकांत सिंह, रजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts