महीना: फ़रवरी 2013

बिना लूटले बेंक भगलन स डकइत

दरियापुर, सारण। डेरनी थाना क्षेत्र के सुतिहार के स्टेट बैंक में सनीचर के राति में डाका डालि के लूटे के कोशिश डकइत करूवन स बाकी सफल ना भउवन स। अतवार के सबेरे पुलिस पहुंचुवे त उहंवा से एगो गैस के सिलेण्डर बरामद करूए। पता चलल ह कि...

Read More

अगलगी में दूगो घर जरले लाखन के भइल नुकसान

डोरीगंज, सारण। अवतार नगर थाना क्षेत्र के नरांव गांव में सनीचर के राति के लागल आगि में दूगो घर जरि के राख हो गउवन स आ ओमे रखल लाखन के संपतियो जरि के नास होगइल। घटना के समय सभे लोग सुतल रहुवे। पता चलल ह कि नरांव के राजकुमार सिंह...

Read More

परीक्षा देबे वाला लइकन से भरल शहर

छपरा। सोमार से शुरू होखे वाला इंटर के परीक्षा खातिर शहर में अतवारे के दिने लइकन के आ उनकरा लोग के अभिभावक लोग के तांता लगल बा। सांझि होत होत सहर लइकन से भरि गइल। एगो अंदाज कइल जा त 60 हजार ले लइका लोग आ चुकल बा। कुलिह होटल...

Read More

मुखिया संघ के जिलाध्यक्ष के गिरफतारी के वांरट पहुंचल मांझी थाना में

मांझी, सारन। मांझी के सोनबरसा पंचायत के मुखिया आ मुखिया संघ के जिलाध्यक्ष दलन प्रसाद यादव के गिरफतारी खातिर वांरंट माझी थाना में पहुंचि गइल बा। एहि बारे में बतावल जाता कि झारखण्ड में लोहरदगा न्यायालय में चलत मुकदमा संख्या 54686...

Read More

झूठ निकलल सामूहिक दुष्कर्म के मामिला

मढ़ौरा, सारण। तरैया फरीदपुरा में एगो मेहरारू अपना देवर, जेठ आ भतीजा पर सामूहिक दुष्कर्म के आरोप लगवल सीह। एहि मेहरारू के आरोप से सगरे गांव के लोग खिसियाआइल बा आ कहत बा कि भाइयन के साथे जमीन बंटवारा के झगड़ा के ले के इ मेहरारू...

Read More

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..