महीना: जुलाई 2013

गंडक के ताव से बैकुंठपुर में हालात बिगड़ल

लगातार बरखा का चलते बढ़त जलस्तर से गोपालगंज जिला में गंडक बेकाबू होखे लागल बिया, सलेमपुर आ खोम्हारीपुर में कटाव तेजी से होखत बा आ प्रशासन कुछ खास नइखे कर पावत. एह से नाराज लोग सलेमपुर में जम के हंगामा कइलसि शुक का...

Read More

हड़ताल तूड़ काम पर लवटले बलिया के डाक्टर

पिछला तीन दिन से हड़ताल पर चलत बलिया जिला अस्पताल के डाक्टर काल्हु दुपहरिया से काम पर लवट अइले. आखिरी दम तक लड़े के गोहार लगावत डाक्टर लोग महज भरोसा मिलला का नाम पर आपन हड़ताल तूड़ दिहले, बतावल जात बा कि प्रशासन इशारा दिहलसि कि बात...

Read More

सैंतीस लाख लगा के बनल जेपी विश्विवद्यालय के गेट

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय सैंतीस लाख लगा के आपन भव्य मेन गेट बनवले बावे. एह गेट के उद्घाटन बिहार विधानसभा के अध्यक्ष करेवाला बाड़न. काल्हु शुक के महाचंद्र प्रसाद सिंह विधान पार्षद तइयारियन के जायजा लिहलन. उद्घाटन के तारीख आठ...

Read More

कराटे में गोल्ड मेडल जीत के लवटले बलिया के छात्र

बलिया के स्कूल सेंट जेवियर्स के छात्र प्रीतम आ अभिषेक पिछला दिने महाराष्ट्र के अहमद नगर में भइल १३वीं नेशनल कराटे चैंपियनशिप में गोल्ड मेडल जीत के लवटल बाड़े. दस से बारह साल के उमिर वर्ग में प्रीतम वर्मा आ अभिषेक बिन्द के गोल्ड...

Read More

पचास रुपिया के झगड़ा में एक आदमी के जान ले लिहल गइल

बक्सर के बारी टोला में एगो किराना दुकानदार के मूड़ी पर बड़हन पत्थर गिरा के एक आदमी बस एहीला मार दिहलसि कि दुकानदार ओकरा से आपन बकाया पचास रुपिया मँगले रहुवे. मरे वाला दुकानदार जितेन्द्र जायसवाल वैशाली के रहले आ बरीसन से बक्सर में...

Read More

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..