हड़ताल तूड़ काम पर लवटले बलिया के डाक्टर

पिछला तीन दिन से हड़ताल पर चलत बलिया जिला अस्पताल के डाक्टर काल्हु दुपहरिया से काम पर लवट अइले. आखिरी दम तक लड़े के गोहार लगावत डाक्टर लोग महज भरोसा मिलला का नाम पर आपन हड़ताल तूड़ दिहले, बतावल जात बा कि प्रशासन इशारा दिहलसि कि बात निकली त फेर दूर ले जाई आ तब डाक्टर लोग के निजी प्रैक्टिस आ बाहर के दवाई आ जाँच लिखलो के मामिला सामने आवे लागी. डाक्टर लोग कोतवाल अजय राय के तबादला के बड़हन मुद्दा बनवले रहुवे बाकिर एह बाबत ओह लोग के महज एगो आश्वासन का अलावे कुछ ना मिलल. खैर हड़ताल टूटला से जनता के कुछ राहत जरूर मिल गइल.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..