मंगल का दिने ठप रहल बलिया के जिला अस्पताल

विद्यार्थियन के हमला से नाराज बलिया जिला अस्पताल के डाक्टर मंगल का दिने जिला अस्पताल के ओपीडी बंद रखलन बाकिर आपन गैरकानूनी क्लीनिक पर काम करे से ना हटलन. अब दोषी विद्यार्थियन के गिरफ्तारी से अधिका जोर कोतवाल अजय राय के तबादला पर हो गइल बा.
दोसरा तरफ विद्यार्थी नेतो लोग गोलबंदी करे लागल बा आ दोसरो संगठन से समर्थन जुटावे में लागल बा. एह लोग के कहना बा कि अगर विद्यार्थियन पर जोर जबरदस्ती भइल त जिला के कानून व्यवस्था बिगड़ जाई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।