सिवान के बड़हरिया आ तरवारा में दू जने के हत्या

सिवान जिला के बड़हरिया इलाका के तेतहली दक्खिन टोला के पचपन साल के झूलन सिंह शनिचर का रात में अपना दुआरी पर सूतल रहलें. सूतले में उनका के गोली मार के मुआ दिहल गइल बाकिर घर के लोग के एह बात के पता अतवार का भोर में लागल जब लोग उनका के जगावे गइल आ देखल कि उनुकर जान ले लिहल गइल बा. घरवालन के कहना बा कि झूलन सिहं के केहू से निजी दुश्मनी ना रहुवे. एहसे पुलिस अनजान लोग का नाँवे मुकदमा दर्ज कर के पड़ताल करत बिया.

एगो दोसर घटना में तरवारा इलाका के भलुआई गाँव का नियरा गंडक नहर से सटले एगो अधेड़ आदमी के लाश मिलल. ओह आदमी के छूरा घोंप के मारल गइल रहे. ओह आदमी के पहचान नइखे मालूम होत.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।