घाघरा बेकाबू होके मैदानी इलाका में पसरे लागल
-

पिछला दू दिन से बलिया में घाघरा नदी के पानी बढ़ले जात बा आ हर घंटा एहमें अढ़ाई सेंटीमीटर के बढ़ोतरी हो रहल बा. एहसे घाघरा के पानी मैदानी इलाकन में पसरे लागल बा. बिल्थरारोड तहसील के टंगुनिया गांव से लिहले गुलौरा ले टीएस बंधा पर पानी के दबाव बढ़ गइल बा बाकिर प्रशासन एह बंधा के टूटे से बचावे पर धेयान देत नइखे लउकत. चैनपुर गुलौरा मठिया के पुरान शिव मंदीर कटान का जद में आ गइल बा आ कबहियो नदी के पेटा में समा सकेला. सिकंदरपुर के दियारा खरीद में तबाही मचल बा.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..