झामुमो के हेमंत सोरेन झारखंड के मुख्यमंत्री पद के किरिया लिहले

झारखंड मुक्ति मोर्चा के नेता हेमंत सोरेन काल्हु शनिचर का सबेरे झारखंड के मुख्यमंत्री के किरिया लिहले. राज्यपाल सैयद अहमद उनुका के किरिया धरवले. एहमौका पर कांग्रेस विधायक राजेंद्र प्रसाद सिंह अउर राजद विधायक अन्नपूर्णा देवी ओ मंत्री पद के किरिया लिहल लोग. हेमंत सरकार अब वियफे का दिने राज्य विधानसभा में आपन बहुमत साबित करी. एह ला एक दिन के खास सत्र बोलावल जाई विधानसभा के. हेमंत के मुख्यमंत्री बनावे का एवज में कांग्रेस राज्य के चौदह गो में से दस गो सीट पर लोकसभा चुनाव लड़ि आ झामुमो चारे गो पर. राजद ला एह गठबन्हन में एको सीट नइखे छोड़ल गइल.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..