विनय आनन्द अपना के सुपर स्टार ना मानसु

हालही में एगो इन्टरव्यू में भोजपुरी के सुपर स्टार विनय आनन्द कहले कि ऊ अपना के सुपर स्टार त कबहियो ना मानसु. एगो अभिनेता हउवन आ बेहतरीन अभिनेता कहावल पसन्द करेले. बाकिर लोग के, अपना चाहे वालन के स्नेह प्यार आ अपनापन का चलते सुपर स्टार कहाये लागल बाड़न. विनय आनन्द कहले कि सुपर स्टार त राजेश खन्ना रहलें, बाद में अमिताभ बच्चन अइलें. एह खिताब के हकदार इहे लोग बा.

भोजपुरी सिनेमा में चल रहल भेड़चाल से आपन सहमति दर्ज करावत विनय आनन्द के कहना रहे कि कुछ लोग अइसनो आ गइल बाड़े भोजपुरी सिनेमा में जे उलजुलूल फिल्म बना के भोजपुरी सिनेमा के बदनाम करत बाड़न. बाकिर कहले कि अइसनका लोग ढेर दिन ले चल ना पाई काहे कि आखिर ले उहे टिकी जे निमना सोच के आ ईमानदारी से काम करे वाला होखी. विनय आनन्द इहो कहले कि खुशी के बात बा कि अब निमन आ प्रतिभाशाली लोग इंडस्ट्री में आ रहल बा.

अपना काम का बारे में बतावत विनय आनन्द के कहना रहे कि ऊ कवनो निर्माता के कबहियो परेशान ना करसु आ मनचाहा डेट देबे के कोशिश करेलें. दोसरे सेट पर कवनो नखरा ना करसु जवना चलते निर्माता निर्देशक उनुका से खुश रहेले.

विनय आनन्द कहले कि उनुकर आवेवाला फिल्मन में त्रिनेत्र, एलान ए जंग, दामाद चाहीं फोकट में, हमरे नामे जिला हिलेला, तुलसी बिन सून अँगनवा, बंधनमुक्त, कजरा मोहब्बतवाला वगैरह बाड़ी सँ.
(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।