महेसरा सेतु बनवावे खातिर योगी के धरना

गोरखपुर 25 अक्टूबर (वार्ता) गोरक्षपीठ के उत्तराधिकारी आ भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ कहलन कि पूरा धन रहला का बावजूद महेसरा सेतु बनवावे में होखत लापरवाही माफिया प्रवृत्ति के ठेकेदारन आ भठियारा नौकरशाही के गठजोड के जीयत जागत नमूना बा.

एह बारे में आयोजित धरना के संबोधित करत योगी आदित्यनाथ कहलन कि अगर 10 नवम्बर ले लोक निर्माण विभाग राजमार्ग महेसरा सेतु बनवावे के काम शुरू नइखे करत त अगिला धरना प्रदर्शन वर्तमान सेतु पर कइल जाई.

योगी के कहना रहल कि महेसरा सेतु धार्मिक. सामारिक.व्यापारिक आ पर्यटन का लिहाज से अन्तर्राष्ट्रीय महत्व के बा. भारत आ नेपाल का बीच के सडक राष्ट्रीय राजमार्ग 29 ई पर स्थित महेसरा पुल के बनावे ला केन्द्र सरकार से नौ करोड 25 लाख रुपये मंजूर करववले रहले बाकिर आजु ले एह जगहा पर कवनो काम होत नइखे लउकत जबकि ठेकेदार के दू करोड के भुगतानो क दीहल गइल बा.

योगी आदित्यानाथ कहलन कि मौजूदा पुल पचास साल पहिले बनल रहे आ एकर उमिर खतम हो चुकल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।