बम धमाके मे मरल लोग के परिवार के पांच..पांच लाख रूपिया दी भाजपा
-

पटना 28 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा.का ओर से पटना के बम धमाकन में मराइल लोग के परिवार के पांच पांच लाख रूपिया दीहल जाई.

प्रदेश भाजपा के बड़ नेता आ सरकार में मंत्री रहल गिरिराज सिंह कहलन कि बम धमाका से मरल सगरी छह लोग के परिवार के पार्टी कोष से पांच पांच लाख रूपिया मुआवजा दीहल जाई.

गिरिराज सिंह एह घटना को दुर्भाग्यपूर्ण बतावत एकरा ला राज्य सरकार के जिम्मेदार ठहरवले आ बतवले कि पार्टी के बड़ नेता सुशील कुमार मोदी, नंदकिशोर यादव आ प्रदेश अध्यक्ष मंगल पांडेय समेत अनेके लोग बम धमाका में मराइल लोग के अंतिम संस्कार मे शामिल होंखीहे.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..