त्यौहार के भीड़ का चलते लुधियाना सहरसा अम्बाला के बीच स्पेशल ट्रेन

गोरखपुर 01नवम्बर (वार्ता) त्यौहार पर भीड देखत एक जोडी स्पेशल अनारक्षित ट्रेन लुधियाना सहरसा अम्बाला के बीच चलावे के फैसला भइल बा

पूर्वोत्तर रेलवे के प्रवक्ता बतवलन कि इ विशेष गाडी संख्या 04508 लुधियाना से सहरसा खातिर सोमार, बुध आ बियफे चार.छह आ सात नवम्बर के आ लवटत में विशेष गाडी संख्या 04507 सहरसा से अम्बाला कैण्ट खातिर मंगल, शनिचर, आ अतवार, पांच, नौ आ दस नवम्बर के चलावल जाई.

एह स्पेशल ट्रेन में साधारण श्रेणी के 16 गो आ दू गो एस.एल.आर.समेत कुल 18 गो डिब्बा लागी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।