ट्रक से कचरा के दू गो औरतन के मौत
-

सिवान 01 नवम्बर (वार्ता) सिवान जिला के भगवानपुर थाना के कौरिया तख्त टोला का नियरा भोर में एगो ट्रक से कचरइला से दू गो औरतन के मौत हो गइल.

पुलिस बतावत बिया कि दुनु औरत भोर में शौच खातिर जात रहली जब एगो तेज रफ्तार ट्रक ओह लोग के कचारत भाग गइल. एह चलते असगुन खातुन आ शारदा देवी के मौत ठाँवे प हो गइल.

बतावल जात बा कि बाद में खिसियाइल गाँव वाले कौरिया तख्त टोला का सोझा सड़क जाम क दिहले. बाद में ओह लोग के समुझा बुझा के पुलिस जाम हटवलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts