सडक दुर्घटना मे दू लोग मरल दर्जन लोग घवाहिल

गोरखपुर 02 नवम्बर (वार्ता) गोरखपुर जिला के सहजनवा इलाका में बरहुवा के नियरा बस्ती से गोरखपुर आवत ट्रक एगो मोटरसाइकिल के चपेट दिहलसि जवना से मोटर साइकिल सवार बीस साल के खुशबू यादव के ठाँवे प मौत हो गइल. संगे बइठल उनकर पिता बुरी तरह घवाहिल हो गइलन.

धक्का मार के भागत ट्रक आगे जा के गोरखपुर से आवत एगो मैजिक सवारी गाडी के धक्का मार दिहलसि. जवना से ओह पर सवार एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.

सगरी घायलन के जिला अस्पताल आ मेडिकल कालेज में भरती करावल गइल जहाँ इलाज का दौरान 40 साल के एगो अनजान आदमी के मौत हो गइल. तीन गो घवाहिलन के हालत खराब बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।