तिरुपति बालाजी मोशन पिक्चर बड़हन पैमाना प फिलिम बनावे उतरल

RaviKishan-SanojMishraभोजपुरी फ़िलिम अबहीं ले बड़हन पैमाना प नइखे बनल बाकि अब ”तिरुपति बालाजी मोशन पिक्चर” हिंदी फिलिमन जइसन बड़ पैमाना आ बड़ बजट के फिलिम बनावे जात बिया. कंपनी के फिलिम ‘बाजीगर’ में सुपरस्टार रवि किशन आ खेसारी लाल यादव शामिल बाड़े.
एह ‘बाजीगर’ फिलिम के निर्मात हउवें पेशा से बिल्डर रहल महेंद्र पवन सिंह जे भोजपुरी सिनेमा के स्तर उठा के हिंदी फिलिम के स्तर ले चहुँपावल चाहत बाड़ें. महेंद्र पवन सिंह अब भोजपुरी संस्कृति आ अपना भोजपुरी भाईयन ला आदर्श बनल चाहत बाड़ें.

‘बाजीगर’ के निर्देशक ‘बेताब’, ‘जीरो माइल’, अउर ‘हीरो हीरालाल’ जइसन अनेके सुपरहिट फिलिमन के निर्देशन क चुकल सनोज मिश्रा हउवें जिनकर कहना बा कि उ हमेशा दर्शकन के पसंद धेयान में राखत फिलिम बनावेलें.

एह बीच तिरुपति बालाजी मोशन पिक्चर प्रा.लि. २१ से २५ मार्च ले मारीशस में मराठी फिलिमन के फेस्टिवल आयोजित करीहें. कंपनी के इरादा टीवी सिरियलो बनावे के बा.
‘बाजीगर’ के सहनिर्माता शाहनवाज खान, प्रवर सेन, आ येसामबरे अमूल साखकर, कहानी लेखक मनोज कुशवाहा, गीतकार आज़ाद सिंह, संगीतकार अविनाश, कोरिओग्राफर कानु मुख़र्जी, कैमरामेन नीटू इक़बाल सिंह, एक्शन डायरेक्टर हीरा यादव, आ कार्यकारी निर्माता जीतू सिंह हउवें.

बाजीगर के कलाकारन में रवि किशन, खेसारी लाल यादव, शुभी शर्मा, अनूप अरोरा, संजू सोलंकी, अभय राय, सीमा सिंह, राजू रसिया वगैरह हउवें. एकर शूटिंग जल्दिए गुजरात में शुरू होखी.
संजयभूषण पटियाला

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।