धूमधाम से सिवान मे निकलल महाबीरी जुलूस

काल्हु सिवान मे महाबीरी जुलूस पूरा धूमधाम आ उमंग से निकलल. बीच मे बरखा भइला का चलते कुछ देर ले लागल कि उत्साह ठंडा पड़ जाई बाकिर बरखा रुकते फेरउ ओही उत्साह से जुलूस आगे बढ़त गइल. जय श्री राम आ जय बजरंगबली के नारा लगावत जुलूस जस जस ‘शांतिवट’ के पार करत गइल तस तस पुलिस के थथमल साँस लवटत आइल. प्रशासन पूरा चउकस रहुवे आ कतहू कवनो तरह के बवाल ना हो पावल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *