‘दो दिल एक लुटेरा’ के मुहूर्त भइल

DoDilEkLutera
सावन फिल्म्स के बैनर में बने जात फिलिम ‘दो दिल एक लुटेरा’ के मुहूर्त पिछला दिने मुम्बई के आदर्श नगर का पंचम स्टूडियो में बहुते धूमधाम से भइल. एकर लेखक-निर्देशक चंदन उपाध्याय आ निर्माता घनश्याम ठाकुर हउडें. एह कॉमेडी लव स्टोरी फ़िलिम के देख दर्शक पेट पकड़ के हँसीहें.

फिलिम ला कलाकारो बढ़िया चुनाइल बाड़ें. सोनू स्वराज, अक्षरा सिंह, तनुश्री, संजय पाण्डेय, उमेश सिंह ,अयाज़ खान, अनूप अरोरा आ अउरिओ अनेके बढ़िया कलाकार बाड़ें एह फिलिम में. गीतकार प्यारेलाल यादव आ संगीतकार धनंजय कुमार धीरज हउवें. कुल १० गो गाना बाड़ी स जवना के मनोज मिश्रा, खुशबू जैन, मोहन राठौड़, आलोक कुमार, कल्पना, अउर इंदु सोनाली गडले बाड़े.

शूटिंग १५ मई से बिहार, मुम्बई आ भारत के अउरी लोकशन पर होखी.


(संजयभूषण पटियाला)

1 Comment

  1. Anonymous

    Bhaiya hamni ke, E filim k intajar ba,jaldi sutings samapta karke , reliese karbae taaki hamni k v e filim dekhe k ba….

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।