भोजपुरी फिलिमन का शूटिंग में व्यस्त भइलन रवि किशन
-

RaviKishanरवि किशन अइसन कलाकार हउवन जिनकर चाहे वाला दर्शक पुरा देश में बाड़न. अब ले नाहियो त अढ़ाई सौ फिलिम क चुकल बाड़े रवि किशन. एह फिलिमन में भोजपुरी, हिंदी, मराठी आ साउथो के फिलिम शामिल बाड़ी स. पिछला दिने रविकिशन के एगो तमिल फिलिम रिलीज भइल जवन सुपर हिट रहल. एगो मराठी फिलिमो जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.

पिछला लोकसभा चुनाव में रविकिशन कांग्रेस के टिकट पर जौनपुर से लोकसभा के चुनाव लड़ल रहले. चुनाव से दौर से वापसी का बाद रवि किशन फेरू अपना काम प लवटि आइल बाड़न. हाल ही में एगो भोजपुरी फिलिम के शूटिंग पूरा कइला का बाद अब उ लखनऊ गइल बाड़े एगो दोसरा फिलिम के शूटिंग ला.

दू तीन गो अउर भोजपुरी फिलिमन के शूटिंग क के रवि किशन एगो हिंदी फिलिम ‘देसी मैजिक’ करीहें जवना में अमीषा पटेल उनका संगे बाड़ी.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..