(मंगल, 10 फरवरी के खबर)
दिल्ली विधानसभा सभा में मिलल बड़हन जीत का बाद आआपा के विधायक अपना संयोजक अरविंद केजरीवाल के आपन नेता चुन लिहले. अब केजरीवाल उपराज्यपाल से मिले जइहें आ सरकार बनावे के दावा पेश करीहें. 14 फरवरी के रामलीला मैदान में शपथ ग्रहण करे के योजना बा. आआपा एह चुनाव में 70 में से 67 गो सीट जीत के एगो रिकार्ड बना दिहलसि. भाजपा के महज तीन सीट पर संतोष करे के पड़ल. एह चुनाव में कांग्रेस के 62 गो उम्मीदवारन के जमानत जब्त हो गइल. खुद अजय माकनो के जमानत ना बाचल.
- दिल्ली में मिलल शानदार जीत से उछाह में आइल आआपा के लोग यूपी आ बिहारो में विजय जुलूस निकालल. यूपी में त इहो एलान कइल लोग कि अगिला चुनाव में मुलायम सिंह के विरोध में खड़ा होखी लोग.
- दिल्ली विधानसभा चुनाव में भाजपा के मिलल शर्मनाक हार के असर भाजपा अध्यक्ष अमित शाह के बेटा के शादीओ में देखे के मिलल जवना के सादगी से निपटावल गइल. अमित शाह के बेटा जय शाह आपना कॉलेजिया दोस्त रिषिता पटेल से शादी कइलन बाकि घोढ़ी पर चढ़े के रस्म ना भइल आ बैंडौ बाजा वालन के लवटा दिहल गइल. हालांकि एह शादी में मोदी सरकार के अनेके मंत्री शामिल भइले. रिसेप्शन दिल्ली में होखेवाला बा आ ओहमें पीएम मोदीओ शामिल होखीहें.
- कैबिनेट का बइठक में जीतन राम माँझी सरकार 23 गो नया प्रस्तावन के मंजूरी दिहलसि जवना में ठीकेदारी में एससी-एसटी खातिर आरक्षण आ हर जिला में प्रेस भवन बनावल शामिल बा. एह मीटिंग में गरीब सवर्ण खातिर सरकारी नौकरी में आरक्षण देबे के फैसलो लिहल गइल. इहो तय भइल कि सांसद रह चुकल राजेश कुमार के हत्या के जाँच सीबीआई करे.
- कुरसी हथियावे का बेचैनी में नीतीश के एक एक पल भारी लागत बा. तबहिए त राज्यपाल से निहोरा कइला का बाद दुईओ दिन के इंतजार बरदाश्त ना भइल आ अपना समर्थक विधायकन समेत दिल्ली खातिर रवाना हो गइलें जहाँ राष्ट्रपति का सोझा अपना विधायकन के जुलूस निकलिहें. बाकिर ओहिजो अबहीं राष्ट्रपति से समय नइखे लिहल गइल.
- जदयू के बागी विधायक ज्ञानेन्द्र सिह ज्ञानू विधान सभा अध्यक्ष उदय चौधरी के गिरफ्तारी के मांग कइले बाड़न काहे कि चौधरी पर लोजपा नेता आ सांसद रहल राजेश कुमार के हत्या में शामिल रहे के आरोप बा.
- नीतीश कुमार कहलन कि जीतन राम मांझी के मुख्यमंत्री बनावे के आपन गलती अब उहे सुधरबो करीहें. ओने नीतीश के विधायक दल के नेता चुने के तौरतरीका का खिलाफ एगो याचिका पर पटना हाई कोर्ट बुध का दिने सुनवाई करी.
- सोनपुर हाजीपुर का बीच बेटिकट रेलसवारी करे वालन के धर पकड़ खातिर चलावल अभियान में नाहियो त दू सौ लोग के पकड़ के जुर्माना वसूलल गइल आ जे जुर्माना ना दिहल ओकरा के जेल भेज दिहल गइल.
- देवरिया बाबा रेलवे टीसन का नियरा एगो गड़हा से बोरा में बंद एगो नवही के लाश मिलल बा. पुलिस लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेजवा दिहलसि.
- अलीगढ़ के पुरनका शहर में आयोजित विहिप के कार्यक्रम में साध्वी प्राची कहली कि आजादी मिलला का बाद से हिन्दू धर्म छोड़ेवाला 15 करोड़ लोग के ‘घर वापसी’ पूरा होखे तक ई कार्यक्रम जारी रही.
- उत्तर प्रदेश में दू बरसा बी.एड. कोर्स में दाखिला खातिर ऑनलाइन आवेदन के प्रक्रिया मंगल का दिन से शुरू हो गइल आ सात मार्च ले आवेदन कइल जा सकी. आवेदन का बाद आवेदन के हार्ड काॅपी 15 मार्च से पहिले भेजे के पड़ी. परीक्षा 25 अप्रैल के लिहल जाई.
- गोरखपुर से मुंबई का बीच चले वाली एगो नया साप्ताहिक रेलगाड़ी के संचालन मंगल का दिन से शुरू हो गइल. गोरखपुर के सांसद योगी आदित्यनाथ एकरा के झंडी देखा के गोरखपुर जंक्शन से रवाना करवले. जनसाधारण एक्सप्रेस नामके ई गाड़ी मंगल का दिने गोरखपुर से आ बुध का दिने मुंबइ से चलल करी.
- सिवान नगर इलाका से चार गो अपराधियन के एगो मोटरसाइकिल आ अनेके मोबाइलन संगे पुलिस गिरफ्तार कइले बिया.
- आरा सदर अस्पताल के डाक्टर शिव कुमार पर कुछ बदमाश हमला क के घवाहिल क दिहले. पुलिस तहकीकात करत बिया.
- बोकोहराम आतंकी उत्तरी कैमरून में एगो बस से 20 जने जे उतार ले गइलन स आ बाद में ओहमें से बारह लोग के फाँसी लगा दिहलन स.
- सात दिन के गिरावट का बाद मंगल का दिने सेंसेक्स आ निफ्टी में मामूली तेजी दर्ज भइल.
0 Comments