बिहार विधानसभा के आखिरी दौर के वोट खातिर प्रचार जोर पर

पाँचवा आ आखिरी दौर के वोट 5 नवंबर के पड़े वाला बा आ एह दौर खातिर सभे जी जान लगा दिहले बावे. पिछला चार दौर के चुनाव का बाद भाजपा नीत गठबन्हन उछाह पर बा त महागठबन्हन के चेहरा पर चिन्ता के लकीर लउके लागल बा. एह दौर के वोटिंग ला नव गो जिला के 57 गो सीट पर 827 उम्मीदवार मैदान में बाड़ें. एह दौर के चुनाव मधुबनी, सुपौल, अररिया, किशनगंज, पूर्णिया, कटिहार, मधेपुरा, सहरसा आ दरभंगा में होखे वाला बा.
भाजपा के चुनाव प्रचार के कमान सम्हरले पीएम मोदी आजु तीन गो सभा करे वाला बाड़ें. काल्हु उनकर कवनो सभा नइखे.
एह बीच निर्वाचन आयोग बदजुबानी करे का आरोप में भाजपा अध्यक्ष अमित शाह, कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी अउर राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद के नोटिस जारी क के सफाई मंगले बावे.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।