छपरा से 4 गो जालसाज धरइले

फर्जी वीजा कागजात बना के विदेश भेजेवाला गिरोह के चारगो जालसाजन के काल्हु छपरा के जेपीएम कॉलेज का नियरा से छपरा पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि।

बतावल जात बा कि 21 जने के फर्जी कागजात बनाके सिंगापुर भेजले रहले सँ बाकि सब जने एयरपोर्ट पर धरा गइले। जब पता चलल कि एह लोगन का साथे जालसाजी भइल बा त शिकार लोग के त छोड़ दीहल गइल बाकि शिकारी धरा गइले। एकनी का लगे से फर्जी दस्तावेजो मिलल बा।

एह जालसाज गिरोह के सरगना मुम्बई से आपन जाल सम्हारेला।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।