बिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष रहल डा॰ रविकान्त दुबे के निधन

RK-Dubayबिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष रहल डा॰ रविकान्त दुबे के शनिचर देर रात निधन हो गइल. अतवार का दिने उनकर अंतिम संस्कार बक्सर घाट पर कइल गइल.

डा॰ रविकान्त दुबे के किडनी खराब हो गइला का चलते खराब भइल तबियत के इलाज पटना के एगो निजी अस्पताल में चलत रहुवे. ओहिजे उहाँ के निधन शनिचर का रात में हो गइल.

डा॰ रविकान्त दुबे का कार्यकाल में बिहार भोजपुरी अकादमी के सक्रियता सराहे जोग रहुवे बाकिर जइसन कि हर सक्रिय लोग का साथे होला वइसही कई बेर विवाद उहाँ का साथही चलत रहुवे. भोजपुरी लिखनिहारन के शिकायत रहे कि अकादमी साहित्य पर धियान ना देके गवनई पर बेसी जोर लगावत बिया आ अकादमी पत्रिका के प्रकाशन बंद हो गइल बा.

डा॰ रविकान्त दुबे के निधन पर पाती संंपादक डा॰ अशोक द्विवेदी आ ङा॰ रामरक्षा मिश्र विमल समेत अनेके लोग शोक जाहिर कइले बा. अंजोरिया परिवार आ भोजपुरिका का तरफ से एह भोजपुरी प्रेमी के शत शत नमन आ सरधांजलि.

1 Comment

  1. rash bihari ravi

    डॉ रवि कान्त दुबे जी के निर्धन अभी पढ़ के हमरा एक दम बिस्वास ना भइल भोजपुरी के बहुत बर नुकसान भगवान उहा के आत्मा के सन्ति देस

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।