बसपा वाली बहिना बीचे में चुनाव के बाति कहली

सोमार का दिने बसपा वाली बहिना कुमारी मायावती अनेसा कहीं भा आशा जतवली कि पीएम मोदी लोकसभा चुनाव समय से पहिलहीं करा सकेलें. आ अपना लोगन के एहला तइयार रहे के कहली. उनुका हिसाब से कांग्रेस आ भाजपा दूनू मौसेरा भाई हउवें आ दूनू दलितन के खिलाफ रहेलें. ऊ एह बाति के साफे अनदेखी क दिहली कि पिछला बेरा उनुका गोल के एकहू सीट ना मिल पावल रहुवे आ दलितो बहुमत वाला सीटन प भाजपे के बेसी जीत मिलल रहुवे. ओतना बड़हन हार का बावजूद बसपा वाली बहिना जनता के राय ना देखत अपना हार के जिम्मा ईवीएम मशीन पर डाल दिहली. अब एह सोच का साथ ऊ अगिलो बेर कवन पहाड़ तूड़ लीहें ईहो देखिए ली लोग.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।