देखावा में भाव कम भइला से रुसल लालू परिवार


पटना 11 अप्रैल. बिहार के कुख्यात चारा घोटालाबाज सजायाफ्ता लालू प्रसाद के पत्नी अपना डेरा पर तैनात सुरक्षाकर्मियन के गिलिती कम भइला से रुसल बाड़ी आ उनुका साथही रुसल उनुकर दुनु बेटो लोग आपन पूरा सुरक्षा वापिस कर दिहले बा. हालांकि सोचे वाली बात बा कि आखिर राबड़ी देवी के कवन खतरा बा जवना चलते उनुका सरकारी खरचा पर सुरक्षा के अमला चाहीं. आखिर बेपनाह कमाई के दौलत से निजी सुरक्षा काहे नइखी राख लेत.
सरकार बीच बीच में खतरा का आकलन करत सुरक्षा बढ़ावत घटावत रहेले आ एह पर कवनो शिकायत के बाति ना होखे के चाहीं. बाकिर असल वजह ई बा कि डेरन पर तैनात सुरक्षा एह लोग के आपन दबदबा देखावे का कामे आवेला आ एही से कवनो नेता भा नेतइन ई ना चाहे कि ओकर सुरक्षा में कवनो कमी कइल जाव. ओह लोग के लागेला कि एह से जनता में संदेश जाला कि इनकर दबदबा अब कम होखे लागल बा.
मुख्यमंत्री रहत घरी जब लालू के चारा घोटाला का मामिला में पहिला बेर जेल जाए के मजबूरी आइल त अपना गोल पर कब्जा बनवले राखे खातिर ऊ अपना पत्नी राबड़ी देवी के मुख्यमंत्री बनवा दिहले रहलें. अब एकबेर राज्य के मुख्यमंत्री रहला का नाते एकरो के आपन जागीर समुझत ई लोग बिहार के राजनीति में आपन दबदबा बनवले राखे ला बेचैन बा.
राबड़ी देवी नीतीश कुमार के चिट्ठी भेज के एह बाति के ओरहना दिहले बाड़ी कि उनुकर सुरक्षा हटा लीहल गइल बा. एहसे ऊ आपन सगरी सुरक्षाकर्मी आ सरकारी गाड़ी लवटावत बाड़ी. मीडीया में राबड़ी देवी आरोप लगवले बाड़ी कि उनुका पूरा परिवार के जान लेबे के साजिश हो रहल बा बाकिर उनुका बिहार का लोगन पर भरोसा बा आ अब इहे लोग उनुका परिवार के सुरक्षा करी. आ अगर उनुका भा उनुका परिवार का साथे कवनो दुर्घटना घटत बा त एकरा ला नीतीशे सरकार जिम्मेदार होखी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।