बिहार के बेटी श्रेयसी के बधाई दिहलें राज्यपाल आ मुख्यमंत्री


पटना 11 अप्रैल (वार्ता). ऑस्‍ट्रेलिया के गोल्‍ड कोस्‍ट में चलत 21वां राष्‍ट्रमंडल खेलन में बिहार के बेटी श्रेयसी सिंह के स्वर्ण पदक जीतला पर राज्यपाल सत्यपाल मलिक, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ उप मुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी आजु उनुका के बधाई दिहलें.
जमुई जिला के गिद्धौर के रहे वाली निशानेबाज श्रेयसी सिंह केन्द्रीय मंत्री रह चुकल दिग्विजय सिंह आ सांसद रहल पुतुल सिंह के बेटी हई. उनुकर पिता दिग्विजय सिंह आ दादा कुमार सुरेन्द्र सिंह उर्फ हरि जी बहुते समय ले नेशनल राइफल एसोसिएशन ऑफ इंडिया के अध्यक्ष रहलें.

भारतीय निशानेबाज़न के स्वर्णिम अभियान जारी राखत आजु महिला निशानेबाज़ श्रेयसी सिंह महिला डबल ट्रैप स्पर्धा में स्वर्ण पदक पर निशाना सधली जबकि पुरूष निशानेबाज़ ओम मिथरवाल आ अंकुर मित्तल अपना खेल में कांस्य पदक जीत लिहलें.
भारत खातिर आस्ट्रेलिया के गोल्ड कोस्ट में होखत निशानेबाजी के खेल में ई चउथा आ कुल मिला के 12वां स्वर्ण पदक हो गइल.

श्रेयसी से पहिलहीं से उमेद रहुवे कि ऊ पदक जीतिहें आ ऊ निराशो ना कइली. डबल ट्रैप स्पर्धा के फाइनल में श्रेयसी के मुकाबला आस्ट्रेलिया के एमा कॉक्स से रहुवे आ दुनु जनी 96 का स्कोर पर बरोबरी पर रहुवे. बाद में शूटऑफ में श्रेयसी बाजी मारत स्वर्ण जीत लिहली जबकि कॉक्स के रजते पदस से संतोष करे के पड़ल. कांस्य पदक स्कॉटलैंड के लिंडा पियर्सन के मिलल जे 87 के स्कोर बनवली.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..