मऊ में एगो फैक्ट्री कर्मी से पांच लाख लूट लिहलें बदमाश

(प्रतीक फोटो)


मऊ 11 अप्रैल (वार्ता). मऊ के दक्खिन टोला इलाका में बुध का दिनदहाड़े एगो फैक्ट्री कर्मी से पांच लाख रुपिया लूटके बदमाश फरार हो गइले.
पुलिस सूत्र बतवलें कि शहर के एगो नामी साड़ी व्यवसायी के कर्मचारी पवन कुमार मिर्जा हाजीपुर चौक वाला आईसीआईसीआई बैंक शाखा से पांच लाख रुपिया निकाल के अपना मोटरसाइकिल से फैक्ट्री ओर जात रहुवे जब राहे में ओकरा के मोटरसाइकिल सवार दू गो बदमाश धक्का मार के गिरा दिहलें आ ओकर बैग लेके फरार हो गइले.
ओही बैग में पांच लाख रुपिया राखल रहुवे.
एह सिलसिला में मामला दर्ज करावल गइल बा आ पुलिस तहकीकात करत बिया. लुटेरन के पता नइखे लागल अबहीं ले.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..