सुतवला का बाद रोटी त देला बॉलीवुड – कहली सरोज खान


मुंबई 25 अप्रैल. बॉलीवुड का बारे में हमेशा से कहल जाला कि एहिजा सिनेमा का चकाचौंध से अन्हरा के चहुँपल लोग के जम के शोषण होला. आ खाली हीरोइने बने के चाहत राखे वाली लड़िकियने के ना हीरो बने के तमन्ना ले के आइल चॉकलेटी लड़िको लोग के निर्माता निर्देशक लोग के बिस्तर गरम करे के पड़ेला. काल्हु बॉलीवुड के मशहूर नृत्य गुरु एह बात के सही साबित करत कह दिहली कि अइसन त हर जगहा होखेला. बॉलीवुड त कम से कम सुतवला का बाद रोटी त दे देला. अब ई ओह लड़िकी लोग पर बा कि अपना सफलता के सपना साँच करे के कतना आ कव हाली कीमत दीहें. केहू एहिजा जबरदस्ती ना करे.
आजु रॉकस्टार रणबीर कपूर के कहल सामने आइल बा कि दोसरा का बारे में नइखन जानत बाकिर उनुका कबो एह कास्टिंग काउच पर सूते नइखे पड़ल. हालांकि रणबीर कपूरइहो कहलन कि अगर अइसन होखेला त ई बहुते दुर्भाग्य वाली बात बा.
बात बात प प्लेकार्ड लेके फोटो खिंचवावे वाला बॉलीवुड गिरोह के काल्हुए से ठकुआ मरले बा आ अबहीं ले केहू सामने नइखे आइल जे खुल के सरोज खान के बयान के निंदा करो भा कास्टिंग काउच का खिलाफ कैन्डिल मार्च निकालसु.
एगो मशहूर शेर में कुछ फेर बदल कहि के कहल जा सकेला कि – ये स्टारडम नहीं आसाँ, एक सेक्स का दरिया है और डूब के जाना है.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।