देवरिया जिला कांग्रेस के अध्यक्ष आ उनुका गोल के 200 लोग पर मुकदमा


देवरिया, 25 मई (वार्ता) उत्तर प्रदेश के देवरिया टीसन प हजूम लेके चहुँपे, ढ़ोल नगाड़ा बजावे आ नारेबाजी कइला का अछरंग में कांग्रेस के देवरिया जिलाध्यक्ष समेत करीब दी सौ लोग पर रेल पुलिस मुकदमा दर्ज कइले बिया.
रेलवे प्रोटेक्शन फोर्स (आरपीएफ) के प्रभारी निरीक्षक अभय कुमार राय आजु बतवलन कि काल्हु सँझिया युवा कांग्रेस के अध्यक्ष केशव चंद्र यादव वैशाली एक्सप्रेस से देवरिया आइल रहलें आ उनुका स्वागत ला उनुकक सैकड़न समर्थक ढोल नगाड़ा बजावत बिना प्लेटफार्म टिकट लिहले टीसन पर उनुकर स्वागत करत रहलें. आरपीएफ ओह लोग के कई बेर समुझवलसि बाकिर ऊ लोग मानल ना. एहसे जायज सवारियो के दिक्कत भइल.
एह मामिला में आरपीएफ उप निरीक्षक गुफरान का तहरीर पर कांग्रेस जिलाध्यक्ष राघवेन्द्र सिंह राकेश, पहिले सचिव रहल रामजी गिरी, नीलेश त्रिपाठी, आयुष मणि, सुयश मणि, आमोद मणि अउर श्रृषभ शुक्ला समेत करीब दू सौ लोगन का खिलाफ मुकदमा दर्ज क लीहल गइल बा आ मामिला के जाँच कइल जा रहल बा. केहू के एह मामिला में अबहीं ले गिरफ्तारी नइखे भइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।