यूपी में गुंडा अउर माफियन का खिलाफ कार्रवाई करे के सख्त आदेश दिहलें योगी


इटावा, 01 जून (वार्ता). यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना इटावा दौरा में विकास भवन बोलावल पुलिस आ प्रशासनिक अफसरन के समीक्षा बैठक में सख्त निर्देश दिहलन कि भू-माफिया, खनन माफिया अउर जंगलमाफियन का खिलाफ गुण्डा एक्ट में कार्रवाई कइल जाव. शिक्षक समय से विद्यालय में उपस्थित होखसु लोग, प्राथमिक विद्यालयन में बालक,बालिकन ला अलग-अलग शौचालय बनावल जाव, विद्यार्थियन के जल्दी से किताब दीहल जाव, सड़कन के गड़हामुक्त बनावल जाव आ बिजली आपूर्ति में सुधार ले आवल जाव.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *