देश भर के सिनेमाघरन के दैहिक दूरी बनवले राखत खोले के अनुमति मिले : रवि किशन

गोरखपुर के सांसद आ अभिनेता रवि किशन आजु केन्द्रीय सूचना अउऱ प्रसारण मंत्री प्रकाश जावड़ेकर के पाती भेजि के निहोरा कइलन कि देशभर के सिनेमाघरन के दैहिक दूरी बनवले राखत खोले के अनुमति दीहल जाव.

अपना पाती में रवि किशन लिखले बाड़न कि लॉकडाउन शुरू भइला का समये से पूरा देश के सगरी सिनेमाघर बन्द पड़ल बाड़ी सँ. एह चलते सिनेमा उद्योग से जुड़ल लोगन के रोजगार अउऱ जीविका पर संकट आ गइल बा.

आगे लिखले बाड़न कि सिनेमाघर बंद रहला से राज्यन के कर राजस्वो के ढेर नुकसान हो रहल बा. एह हालात में हम निहोरा करत बानी कि देश भर के सिंगल स्क्रीन भा मल्टीप्लेक्स के सिनेमाघरन के खोलल जाए के अनुमति दीहल जाव. एहसे सिनेमा उद्योग के त राहत मिलबे करी, साथही सिनेमाघरन से जुड़ल लोगन के रोजगारो मिली, आ राज्य सरकारन के कर के आमदनिओ बढ़ी. आगे लिखले बाड़न कि एह पर जतना जल्दी हो सके फैसला लीहल जाव.

आपना पाती में रवि किशन नरेंद्र मोदी सरकार के सराहत लिखले बाड़न कि कोरोना महा संकट से गुजरत हमहन के देश के जनता के सुरक्षा अउर उनुकर कल्याण ला हमनी के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जी के गौरवशाली नेतृत्व अपना फैशलन से गरीब आ आम जनता के बड़हन राहत दिहले बाड़न. अब फिलिमो उद्योग के उनुकर आशीर्वाद के जरुरत बा.
( टीम रंजन के रपट से )

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।